settings icon
share icon
सवाल

मुक्ति की योजना/मार्ग क है?

जबाब


का तहरा भूख लागल बा? कहे के मतलब पेट भरे वाला भूख ना, बल्कि जीवन में कुछ अउर पावे के भूख बा? का तहरा अन्दर गहराई में कुछ अइसन बा कि कभी संतोष ना होखे? अगर अइसन बा त ईसा ही एकमात्र रास्ता बाड़े! ईसा कहले, "हम जीवन के रोटी हईं : एह से केहू हमरा पास आई भूखल ना जाई अउर जे हमरा में आस्था रखी उ कभी प्यासा ना रही" (यूहन्ना 6:35)।

का भ्रम हो रहल बा? जीवन में कभी कौनो रास्ता चाहे लक्ष्य नइख खोजले? का अइसन महसूस होला केहू बत्ती बुझा देले होखे आ स्वीच मिलते नइखे? अगर अइसन बा त, ईसा ही समाधान बाड़े! ईसा घोषणा कइले, “हम दुनिया के रोशनी हईं। जे भी हमरा पीछे आई ओकरा कभी अंधकार से सामना ना होई, बल्कि जीवन के प्रकाश भी पा जाई” (यूहन्ना 8:12)।

का कभी अइसन महसूस कइल बाड़ कि जिन्दगी के बाहर ताला बंद होखे? कभी तू कतने दरवाजन के प्रयास कइले होख अउर हर दरवाजा के पीछे खली अउर बेमतलब के मिलल होखे? का तू भरल-पूरल जिन्दगी के तलाश में बाड़? अगर अइसन बा त, ईसा ही रास्ता बाड़े! ईसा घोषणा कइले, "हम दरवाजा हईं; जे केहू हमरा माध्यम से प्रवेश करी ओकर रक्षा होखी। उ आई अउ निकल जाई, अउर एगो चारागाह पाई (यूहन्ना 10:9)।

का दोसर लोग तहरा के नीचा देखवे ला? का तहार संबंध छिछलापन अउर खाली से बा? का अइसन मालूम पड़ेला कि हर कोई तहरा से लाभ उठावे के प्रयास में बा? अइसन बा त ईसा रास्ता बाड़े! ईसा कहले, "हम एक अच्छा चरवाहा हईं; अच्छा चरवाहा अपना भेड़न खतिर जान तक दे देला। हम ही अच्छा चरवाहा हईं; हम अपना भेड़ के जान तानी अउर भेड़ हमरा के जाने ला" (यूहन्ना 10:11,14)।

कभी तू इ सोचे ल कि जीवन के बाद का होई? का सड़ल आर जंग लागल चीजन खातिर जीवत-जीयत अपना जिन्दगी से उब चुकल बाड़? कभी मन में इ शंका भइल बा कि जिन्दगी बेमानी बा? का मरला के बाद भी जीयल चाह ताड़? अगर अइसन बा त, ईसा रास्ता बाड़े! ईसा घोषणा कइले, “हम ही पुनर्जीवन अउर जीवन हईं जे हमरा में अस्था रखी उ जिही, भले उ मर जाई; अउर जे जीएला अउर हमरा में आस्था रखे ला, उ कभी ना मरे” (यूहन्ना 11:25,26)।

रास्ता का ह? सत्य का ह? जिन्दगी का ह? ईसा जवाब दिहले, “हम रास्ता अउर सत्य अउर जिन्दगी हईं। केहू परमपिता तक नइखे पहुँच सकत बिना हमरा माध्यम के” (यूहन्ना 14:6)।

भूख जे तू महसूस करे ल, उ आध्यात्मिक भूख ह, अउर इ सिर्फ ईसा के माध्यम से ही मिट सकऽ ता। ईसा अकेले बाड़े जे अंधकार मिटा सके ले। ईसा दरवाजा हवे संतुष्ट जिन्दगी के। ईसा एगो मित्र अउर चरवाहा हवे जेकरा तलाश में तू बाड़। एह संसार में अउर अगला संसार में भी - ईसा जिन्दगी हवे। ईसा ही मोक्ष के मार्ग हवे!

भूखा महसूस करे के कारण, अंधकार में भुलाइल महसूस करे के कारण, जिन्दगी के माने ना खोज पावे के कारण ह कि तू ईश्वर से अलग हो गइल बाड़। बाईबल में हमनी से कहल बा कि हम सब पाप कइले बानी जा, अउर एही से ईश्वर से दूर हो गइल बानी जा (सभोपदेशक 7:20; रोमियन 3:23)। आपन दिल में तू जान खालीपन महसूस कर ताड़, एह से कि जिन्दगी में ईश्वर गायब बाड़े। हमनी के रचना भइल बा कि ईश्वर से संबंध रखीं। हमनी के पाप के कारण हमनी के उ संबंध से दूर हो गइल बानी जा। ओकरो से खराब इ भइल बा कि हमनी पाप के कारण अनन्त काल खतिर ईश्वर से दूर हो गइल बानी जा, ए जिन्दगी में भी अउर अगला जीवन में भी (रोमियन 3:23; यूहन्ना 3:36)।

कइसे समस्या हल हो सकता? ईसा रास्ता हवे । ईसा हमनी के पाप के अपना उपर ले ले(2 कुरिन्थयन 5:12)। ईसा हमनी के जगह पर मर गइले (रोमियन 5:8), सजा जवन हमनी के मिले के रहे उ ले लिहले। तीन दिन के बाद, ईसा मृत्यु से खड़ा हो गइले, पाप अउर मृत्यु पर आपन विजय के प्रमाणित कइले (रोमियन 6:4-5)। उ अइसन काहे कइले? ईसा खुद इ सवाल के जवाब दिहले : “एकरा से बढ़ के प्रेम केहू के पास नइखे, उ आपन दोस्तन खातिर जान दे दिहले (यूहन्ना 15:13)! ईसा मर गइले एह से कि हमनी के जिन्दा रहीं। अगर हम आपन अस्था ईसा में रखब, इ विश्वास करब कि उ हमनी के पाप के प्रायश्चित खतिर जान दे दिहले - तो हमनी के सब पाप माफ कर दिहल जाई अउर धो दिहल जाई। तब जा के हमनी के आध्यात्मिक भूख मिट जाई। प्रकाश हो जाई। हमनी के जीवन तृप्त हो जाई। हमनी के आपन सच्चा दोस्त अउर चरवाहा के जा पाइब। हम जान पाइब के मरला के बाद भी जीवन बा - ईसा के साथ अनन्त खातिर स्वर्ग में एक जी उठा जीवन होखी!

"ईश्वर खातिर जे संसार से अतना प्रेम कइले कि आपन इकलौता संतान के दे दिहले, कि जे भी उनका में आस्था रखी उ नष्ट ना होखी बल्कि अनन्त जीवन पाई (यूहन्ना 3:16)।

जे कुछ रउवा एह पढाले हाई, का उकरा कारन रउवा मसीह के पीछे चले के निरायण कईले हाई? काहेकि ईसन ह त किरपा नीचे दिहल गइल "हमन आज ईसा क मान लेहले हई" बाले बटन के दबाईय।

English



भोजपुरी के मुख्य पृष्ठ पर बापस जाई ।

मुक्ति की योजना/मार्ग क है?
© Copyright Got Questions Ministries