settings icon
share icon
सवाल

हमनी के अबर्हाने-अबर्हाने अपना बिसवास ईसा में रखले बानी...अब आगे क करे के ह?

जबाब


बधाई हो! रउवा एगो जिनगी बदले बाला निरयन ले लेहले हई। शायद रउवा एह पूछ रहल बानी, अब आगे का ह? परमेश्वर के साथ हमनी के यात्रा कइसे शुरू कइल जाऐ? "निम्न लिखित पांच कदम रउवा बाईबल के दिहल निर्देश के दवारा रउवा अपना यात्रा के उपर कनो सवाल ह, त किरपा www.GotQuestions.org/Bhojpuri के देखी।

1. एह सही निश्चित करी कि रअवा मुक्ति क समझी बाडे ।

1यूहन्ना 5:13 हमनी के बगवल गइल ह कि, हमनी त तोहरा, जे परमेश्वर के बेटा के नाम पर बिसवास करव ताडे, एहिसे लिखल ह, कि तोहन लोग जाना अन्नत जिनगी तोहार ह।" परमेश्वर चाह ताडे कि हम मुक्ति के मतलब के समझी । परमेश्वर हमनी के चाहत ताडे कि हमनी एह निश्चीत क आत्मा बिसवास ह कि हमनी के बचा लिहल गइल बानी। संझपे में आई हमनी के मुक्ति के मुख्य बातन के देखल जाए:

(क) काहेकि सब लोग पाप कइले बा अउर परमेश्वर के महिमा के दूर बा। जे कुछ हमनी के कइले बानी । उ परमेश्वर क नराज कइले बानी । (रोमियन 3:23)

(ख) अपना पापन के कारन, हमनी के परमेश्वर से अन्नत काल के खातिर हो गइल बानी अउर दण्ड के भागीदार हई, (रोमियन 6:23)।

(ग) हमनी के पापन के दण्ड के दाम चुकावे के खातिर ईसा सूली के उपर मरलन (रोमियन 5:8, 2 कुरिन्थस 5:21)। ईसा हमानी के जगह पर, उ दण्ड के लेवे खातिर मुवलन जेकरा भागीदार हमनी के रहनी। उनका के जी उठला के एह प्रमाणित हो गइल बा कि ईसा के मौत से हमारा पापन के दाम चुकावे खातिर पूरा रहल।

(घ) परमेश्वर उ के माफ अउर मुक्ति देवे लन जे अपना बिसवास ईसा में अउर उनकरा मौत के उपर एह बिसवास रखलन कि हमनी के पापन के दाम चुकवावे खातिर रहले (यूहन्ना 3:16, रोमियन 5:1, रोमियन 8:1)।

इहे मुक्ति के संदेश ह! अगर अपना मुक्तिदाता के रूप में ईसा मसीह में विसवास रखब, तू त बाच जाई! तोहर सब पाप खतिर माफी मिल जाई, अऊर परमेश्वर वादा करेहि कि कभी तोहरा के छोड़ के ना जाई अऊर ना ही तोहरा के नास होखे दीहै। (रोमियन 8:38; मत्ती 28:20) । याद रखी ह कि ईसा मसीह के शरण में तोहार मुक्ति पक्का बा (यूहन्ना 10:28-29)। अगर अकेला मुक्तिदाता के रूप में ईसा मसीह पर विसवास रखब, तोहरा इ आत्मिक विसवास पैदा हो सके ता कि सरग में परमेश्वर के साथ अनन्त जीवन के प्राप्ति होखी।

2. एगो बढ़िया गिरजा घर खोजी जँहवा बाईबल पढ़बाल जाला।

कभी भी गिरजाघर के एगो इमारत मत समझी। गिरजाघर के मतलब हो ला ईसा मसीह पर विसवास करे वालन से होला सबसे महत्वपूर्ण बा ईसा मसीह के नाम में मेलजोल बढ़ावल। इहे कौनो गिरजाघर के पहिला उद्देश्य होला। अब जब राऊर ईसा मसीह में अपना विसवास रख लेने बानी, त हम सलाह देब कि अपना इलका में कौनो बाईबल में विसवास रखे वाला गिरजाघर के तलास करी अऊर पास्टर से बात करी। उनका के बताई कि रऊवा ईसा मसीह में विसवास नवा भइल बानी।

गिरजाघर के दूसरका उद्देश्य होला बाईबल के पढ़ाबल रउवा सीख सक तानी के परमेश्वर के सीख के जिन्गी में कइसे अपनाई। सफल अऊर ताकतवर मसीही विसवासी जिन्गी जीए खातिर जरूरी बा कि बाईबल के समझल जा। 2 तिमुथियन 3:16-17 में कहल बा, “बाईबल के हर एक शास्त्र परमेश्वर के प्रेरणा से रचल गइल बा उपदेस अऊर समझवत अऊर सुधारे खातिर अऊर धरम के सीख खातिर फैदा देवे वाला बा, एह से कि परमेश्वर के आदमी हर अच्छा काम से पूरी तरह सुसज्जित रहे”।

गिरजाघर के तीसरा उद्देश्य अराधना हो ला। अराधना जवन भी परमेश्वर कइले बाडे, ओकरा खातिर उनका के धन्यवाद दिहल। परमेश्वर हमनी के बचइले बाडे। परमेश्वर हमनी से पियार करेले। परमेश्वर हमनी के मार्ग दिखालन अऊर चेतावनी देले। बा त हमनी खातिर के उनका के कइसे धन्यवाद न देबे के न चाहे। परमेश्वर पवित्र, नेक, पियार करे वाला, दयालु अऊर महिमा से भरल बाडे। प्रकाशित वाक्य 4:11 में घोषणा कइल बा, “हे हमारे प्रभु अऊर परमेश्वर रऊवा ही महिमा आदर अऊर सामरथ के काबिल बानी, काहे कि रऊवा ही सगरी चीज के सिरी जले बानी, अऊर उनकर जिन्दी अऊर उनकर रचना रऊरे इच्छा से भइल।"

3. परमेश्वर के ध्यान करे खातिर ध्यान निकाली।

इ हमनी खातिर बहुत महत्वपूर्ण बा कि परमेश्वर के ध्यान में रोज कुछ समय बितावल जाए। कुछ लोग एकरा के “शांत समय” कहेला त कुछ लोग “भक्ति”, काहें कि इहे उ समय होला जब हम अपना आप के परमेश्वर के प्रति समर्पित कर देबे नी। कुछ लोग सुबह में समय निकलेला, त कुछ लोग शाम में। एकरा से कौनो फरक नइखे पड़त कि रउआ एकरा के का कह तानी चाहे कौना समय कर तानी। महत्वपूर्ण इ बा कि रउआ नियमित रूप से परमेश्वर के साथ समय बिताईं। कौन कार्यकलाप हमनी के समय परमेश्वर के साथ बितावे खातिर बा।

(क) प्रर्थना, प्रार्थना के सीधा अर्थ बा परमेश्वर से बतियावल। परमेश्वर से आपन चिन्ता अउर समस्या के बारे में बात करीं। परमेश्वर से कहीं कि उ रउआ के समझ अउर मार्गदर्शन देस। परमेश्वर से कहीं कि उ राउर जरूरत के पूरा करस। परमेश्वर के बताईं कि कतना रउआ उनका से प्रेम करेनी अउर उ जतना रउआ खातिर कइले बाड़े ओकरा खातिर रउआ कतना मानेनी। इहे सब है जवन प्रार्थना में कइल जाला।

(ख) बाईबल के पढ़ल, गिरजाघर, एतवार के स्कूल, अउर/चाहे बाईबल स्टडिज में जवन बाईबल पढ़ावल जाला ओकरा अलावा रउआ खुद से भी बाईबल पढ़े के जरूररत बा। एगो सफल इसाई जीवन जीए खातिर जवन कुछ जाने के जरूरत बा, उ सब कुछ बाईबल में दिहल बा। एकरा में परमेश्वर के दिशानिर्देश दिहल बा कि, कइसे समझदारी भरल निर्णय लेबे के चाहीं, परमेश्वर के इच्छा कइसे जानीं, कइसे दूसर लोग के सेवा करीं, अउर आध्यात्मिक रूप से कइसे विकास कइल जाए। बाईबल हमनी खातिर परमेश्वर के वाणी ह। बाईबल परमेश्वर के निर्देश के नियम-पुस्तिका ह जवन बतावेला कि हमनी के कइसे जीवन जिए के चाहीं जेकरा से परमेश्वर प्रसन्न रहस अउर हमनी के संतुष्टि मिले।

4. इसन लोगन के सम्बन्ध बढ़ावे करे चहि जेकरा से आत्मिक तौर पर मदद मिले।

1 कुरिन्थयन 15:33 में कहल बा, “भटक मतलब बुरा संगत नीमन आदमी के भी खराब कर देला।” बाईबल इसन चेतावनीयन से भरल बा, जेकरा में बुरा लोगन के हमनी पर आसर ओकरा बारे में बताबल बा। जवन लोगन के पाप से मुक्ति के विधान में लगल बा, ओकरा संग समय बितावल से खुद भी आदमी उ गतिविधि के तरफ आकर्षित हो जा ला त हमनी के आस पास रहे वाला लोगन के चरित्र के असर हमनीयो पर पड़ेला। एहसे जरूरी बाकि हम बइसन लोगन के संगत में रही जे प्रभु से पियार करत होखे अऊर उनका प्रति समर्पित रही।

एगो चाहे मीत खोजे के प्रयास कर, उ गिरजाघर में भी हो सकता, जे तोहर मदद कर सके अऊर उ तोहरा के बढ़ावा दे सके। (इब्ररानियाँ 3:13; 10:24)। तू आपना मीत से कहा कि उ तोहर ध्यान के समय गति-विधि अऊर परमेश्वर के अराधना पर नजर रखे। तूहूं अइसही आपना मीत के साथ अइसही करे खातिर पूछ। एकर इ मतलब नइखे कि आपन उ सब मीत के छोड़ द, जे जानत ना होखे कि प्रभु ईसा हमनी के मुक्तिदाता अऊर रखवाला बाडन। आऊर ओहनियन से दोस्ती बनइले रखलन, अऊर ओहनी से भी पियार कइलन के बतावलन कि ईसा कइसे तोहरा जिन्दगी खातिर अपने दे देहलन अऊर तू उ सब कुछ नईख कर सकत जे ओहनी के कर ताडे । परमेश्वर से पूछ कि तोहार के आपन मीत से ईसा मसीह के बारे में बातिएब के मौका दे ।

5. बपतिस्मा ले लेई ।

बहुत लोगन बपतिस्मा के बारे में गलत समझ रखे ला। शब्द “ बैपटाइज़” के मतलब होला पानी में अन्दर में डुबावल। बपतिस्मा बाईबल में लिखल एगो तरीका ह जेकरा में दुनिया के सामने ईसा में विसवास अऊर उनकर बताबल रास्ता पर चले खातिर घोषणा कइल जाला। पानी में डुबावे के संस्कार के मतलब हो ला ईसा मसीह के साथ दफन कइल। पानी से बाहर निकलला के मतलब होला ईसा के साथ फिर से जी उठला का चित्र बा। बपतिस्मा करइला के मतलब अपना-आप के ईसा मसीह के मौत, दफन अऊर जी उठने के साथ जोड़ल (रोमियन 6:3-4)।

बपतिस्मा उ ना ह जे तहरा के बचाई। बपतिस्मा तोहार पाप के भी ना मिटाई। इहवा एगो सीधा-सादा कदम ह आज्ञाकारी के सार्वजनिक रूप से स्वीकार कइला के कि तोहार विसवास मुक्ति खातिर केवल ईसा में बा। महत्वपूर्ण बा एह से कि इ एगो आज्ञाकारी कदम सार्वजनिक रूप से घोषणा कइल जाला कि ईसा में विसवास बा अऊर उनका प्रति आपने-आप से बादा करा। अगर तू एकरा खतिर तैयार बाडा, तोहरा पास्टर से बात कर चाही।

English



भोजपुरी के मुख्य पृष्ठ पर बापस जाई ।

हमनी के अबर्हाने-अबर्हाने अपना बिसवास ईसा में रखले बानी...अब आगे क करे के ह?
© Copyright Got Questions Ministries